छठ पर्व के महत्त्व
छठ पर्व पूर्वांचल, बिहार, झारखंड, और उत्तर प्रदेश समेत पूरा देश में आस्था, शुद्धता और सूर्य उपासना के प्रतीक हउवे । ई पर्व भगवान सूर्य देव और छठी मईया के समर्पित होला।
लोकविश्वास अनुसार सूर्य देव जीवन, ऊर्जा और समृद्धि के दाता हई। छठ पर्व के माध्यम से भक्त लोग सूर्य देव के प्रति अपनी कृतज्ञता प्रकट करेलन और परिवार के सुख-समृद्धि, स्वास्थ्य आ संतान की मंगल कामना करेलन।
छठ पर्व में सूर्योदय आ सूर्यास्त के बेला में अर्घ्य देहल जाला। ई समय प्रकृति के संग आत्मा के शुद्धिकरण के अनुभव करावेला । महिला लोग कठोर व्रत रख के जल में खड़ा रह के पूजा करेली — जेकरा के देख के सहनशीलता, त्याग आ भक्ति के अद्भुत संगम के अनुभव होला।
छठ पर्व खालि पूजा ना ह —
ई प्रकृति, परिवार आ सामाजिक एकता के उत्सव ह।
जेकरा में लोग एक दोसरा के मदद करेला, गली-गली में गीत गूंजेला, आ हर घर में श्रद्धा के दीप जलावल जाला।
